बलिया में आज कोरोना वायरस के 4 नया मरीज

बलिया

बलिया में आज 28 मई के कोरोना वायरस संक्रमण के 4 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 35 गो मरीज हो गइल बाड़ें।

चारों नया मरीज दोसरा प्रदेशन आइल बाड़ें। एह बात के पुष्टि बलिया जिलाधिकारी श्रीहरि प्रताप शाही जी कइले बाड़े।

बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल रहे। 4 दिन बाद 15 मई के 9 केस आइला के बलिया जिला में कुल्ह 10 केस भइल रहे। ओकरा बाद बलिया में बाकिर 25 मई के कोरोना के 16 केस आइला के बाद बलिया में कोरोना के कुल्ह 31 ममिला भऽ गइल।

अबले सगरी मरीज या तऽ प्रवासी श्रमिक हवन भा उनकरा संपर्क में आवे आला लोग हवन।

Related posts

Leave a Comment

1 × five =