भोजपुरी समय: साल 1966 में आइल फिलिम मेरा साया के प्रसिद्ध गीत झूमका गिरा रे त रउआ सभे के इयाद ही होई। एह गीत के संगे उत्तर प्रदेश के शहर बरेली के भी नांव जुड़ल बा काहे से कि एह गीत में झूमका जंहवा गिरल बा ऊ बरेली के ही बाजार में गिरल बा। अब ओही झूमका आ बरेली के नाता पकिया हो गइल बा, काहे से कि बरेली विकास प्राधिकरण बरेली के परसाखेड़ा के ज़ीरो प्वाइंट पर शनिचर के झूमका तिराहा के उद्घघाटन धूमधाम से भइल। हालांकि एह उद्धघाटन के बोर्ड सदस्यन के बहिष्कार के भी करे के पड़ल। दरअसल बरेली विकास प्राधिकरण इहवां झूमका के मूर्त रूप में स्थापित कइले बा। कार्यक्रम के मुख्य अतिथि संतोष गंगवार बरेली के पहचान के तौर पर झुमका लगवला के सराहना कइले।

उंहवे उद्घाटन समारोह में सांस्कृतिक आयोजन भी भइल। शनिचर के सांझी के पांच बजे बरेली विकास प्राधिकरण जीरो प्वाइंट पर कार्यक्रम के आयोजन कइलस। कार्यक्रम में अभिनेता मुकेश भारती भी शामिल भइले । ओहीजा बीडीए वीसी दिव्या मित्तल कहली कि बरेली के बॉलीवुड के गीतन में झुमका गिरला से पहचान मिलल बा। आ अब ई पहचान आज वास्तविकता में लोगन के सामने बा। जिला में अहिच्छत्र समेत कइगो धरोहर बाड़िजा, जिन्हन के संरक्षित करे के कोशिश बरेली विकास प्राधिकरण करी। लाइटिंग के बीच कार्यक्रम में शहर विधायक डॉ. अरुण कुमार, भोजीपुरा विधायक बीएल मौर्य, नवाबगंज विधायक केसर सिंह, कमिश्नर रणवीर प्रसाद, डीआइजी राजेश पांडेय, डीएम नितीश कुमार, एसएसपी शैलेश पांडेय आदि मौजूद रहले।