बगदाद के अमेरिकी अम्बेसी पर रॉकेट से हमला

बगदाद

इराक के राजधानी बगदाद के अमेरीकी अम्बेसी पऽ एह एतवार के रॉकेट से हमला भइल बा। ई हमला केवनो अज्ञात ग्रुप कइले बा। एह हमला में तीन गो रॉकेट अमेरीकी अम्बेसी अति सुरक्षित क्षेत्र में गिरल बाड़े सऽ।

पिछला कई महीना से इराकी लोग स्थानीय इराकी सरकार विरोध कर रहल बा। लोग एह विरोध में अमेरीकी अम्बेसी अउरी दोसर सरकारी संस्थानन पऽ विरोध-प्रदर्शन अउरी हमला कर रहल बाड़े। बाकिर अमेरीकी अम्बेसी पऽ ई हमला पिछला कई महीना में पहिला हमला हऽ।

एह हमला में केहू हताहत नइखे भइल। बाकिर वाशिंगटन एह हमला के दोष इरान के फौज पऽ लगावत बा।

Related posts

Leave a Comment

10 + 11 =