बंगाल में रहे वाला सगरी बाँग्लादेशी भारतीय नागरिक – ममता बनर्जी

ममता बनर्जी

ममता बनर्जीकोलकाता

कालियागंज के एगो जनसभा में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री अउरी तृणमूल कॉग्रेस के नेता ममता बनर्जी अपनी भाषण में कहली हऽ कि पश्चिमं बंगाल में रहे वाला सगरी बांग्लादेशी नागरिक भारतीय नागरिक हवन। उनकरा नागरिकता खाती केवनो आवेदन करे के जरूरत नइखे।

ममता बनर्जी शुरू से नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के जोरदार विरोध करत बाड़ी। ऊ कहली हऽ कि लोग वोट दे के प्रधानमंत्री आ मुख्यमंत्री बनावत बा।

एह रैली में दिल्ली में भइल सीएए विरोधी हिंसा में 47 लोगन के मरला पऽ मोदी सरकार के मज्जमत करत कहली हऽ कि ई बंगाल हऽ दिल्ली ना। जेवन दिल्ली में भइल ऊ बंगाल में ना होई।

 

 

 

 

Related posts

Leave a Comment

20 + 2 =