पूर्वांचल समाज बृज विहार धूमधाम से मनवलस सरस्वती पूजा महोत्सव

गाजियाबाद

पूर्वांचल समाज के लोग के एकजुट करे खातिर तीन साल पहिले शुरू कइल गइल सरस्वती पूजा महोत्सव के तीसरा संस्करण के आयोजन बहुत धूमधाम से मनावल गइल। एह अवसर पर पूर्वांचल समाज बृज विहार के द्वारा लइकन खातिर विभिन्न आयु वर्ग में ड्रॉइंग कॉम्पीटिशन के आयोजन कइल गइल जवना में क्षेत्र के बच्चा बढ़चढ़ के हिस्सा लिहलन आउर आपन चित्रकला के प्रदर्शन कइलन। एह कॉम्पीटिशन में निर्णायक के भूमिका में मिथिला पेंटिंग के ख्याति प्राप्त चित्रकार अर्चना झा जी रहलीं। एह दौरान पूर्वांचल समाज बृज विहार के अध्यक्ष राम प्रकाश तिवारी बतवलन कि संगठन के द्वारा क्षेत्र में रहे वाला पूर्वांचल समाज के प्रतिभावान विद्यार्थियन के एगो प्लेटफार्म देवे आ उनकरा प्रतिभा के लोगन के सोझा लेयावे खातिर अइसन आयोजन पछिला तीन सालन से कइल जा रहल बा। एकरा अतिरिक्त पूर्वांचल के संस्कृति आ सभ्यता के अपना अगिलआ पीढ़ी खातिर संरक्षित आ संवर्धित कइल भी एह आयोजन के उद्देश्य बा।

भारतीय परंपरा के अनुसार महोत्सव के शुरुआत दीप प्रज्वलन आ सरस्वती व गणेश वंदना के संगे भइल। एह दौरान उपस्थित जनसमूह खातिर संगठन के द्वारा सांस्कृतिक कार्यक्रम के भी आयोजन कइल गइल रहे जवना के उपस्थित दर्शकगण अंत तक आनंद उठवलहन आ मुक्त कंठ से प्रशंसा कइलहन। एह दौरान ड्रॉइंग कॉम्पीटिशन में विभिन्न आयु वर्ग में विजयी रहे वाला प्रतिभागियन के प्रमाण पत्र एवं प्रतिक चिन्ह देके प्रोत्साहित कइल गइल। लोग के योग से जोड़े आ जागरूक करे खातिर योगगुरु शशि प्रकाश तिवारी दीपयोग के प्रदर्शन करत दर्शकन के जागरूक कइले। एह दौरान विभिन्न क्षेत्रन में उत्तिम काम करे वाला पूर्वांचल समाज के चारगो लोगन के संगठन के द्वारा पूर्वांचल गौरव सम्मान से सम्मानित भी कइल गइल हऽ। एह सम्मान के प्राप्त करे वालन में सूर्या साहनी, याचना झा,दिग्विजय सिंह आ वनिता रघुवंशी रहल लोग।

एह अवसर पर मीडिया जगत के नामचीन एंकर दिग्विजय सिंह आ वनिता रघुवंशी भी उपस्थित रहले आ कार्यक्रम के शोभा बढ़ावत कहले कि एह तरह के कार्यक्रम समय-समय पर होते रहे के चाहीं। एह अवसर पर संगठन के अध्यक्ष राम प्रकाश तिवारी, महासचिव कुंवर मधुकर सिंह, कोषाध्यक्ष लवकुश शर्मा, सुजीत ठाकुर, मंटू तिवारी, योगगुरु शशि प्रकाश तिवारी, ठाकुर अभय प्रताप सिंह, राजेश कुमार, संगठन के संरक्षक सर्वश्री संजय ओझा, कुंवर चंद्रशेखर सिंह, ललन सिंह, विरेन्द्र सिंह एवं सुशील सिंह, पंकज कुमार मधेशिया, पंकज गुप्ता,अम्बिका प्रसाद मौर्या, अशोक पाण्डे, मनीष सिंह, वरुण प्रताप सिंह, प्रकाश सिंह आदि मौजूद रहले।।

Related posts

Leave a Comment

5 × five =