पीएम मोदी के आगमन के होता जोरदार तइयारी, दिव्यांगन के बंटीहें उपकरण,बनइहें वर्ल्ड रेकॉर्ड

भोजपुरी समय, प्रयागराजः प्रधानमंत्री मोदी 29 फरवरी के प्रयागराज के दौरा पर जा रहल बानी। एह दौरान पीएम मोदी संगम के परेड ग्राउण्ड में 26,791 दिव्यांगन आ बुजुर्गन के एक संगे उपकरण बंटीहें।

पीएम मोदी बनइहें वर्ल्ड रेकॉर्ड

जहां एक ओर एह कार्यक्रम में पीएम मोदी दिव्यांगन आ बुजुर्गन के उपकरण बंटीहें त ओहिदा दोसरा ओर ऊ एगो विशअव रेकॉर्ड भी बना रहल होइहें। दरअसल एके दिन में एके जगहा से कवनो सरकारी कार्यक्रम में एतना बड़ संख्या में उपकरण बांटे के ई एगो विश्व रिकॉर्ड होखी।

अकेले दिव्यांगन से भेंट करीहें मोदी  

जानकारी के मोताबिक पीएम तीनगो दिव्यांगजन से अलग से भी भेंट करीहें। एह तीनुं दिव्यांगजन से पीएम मोदी अपना मन के बात भी करीहें आ लोगन के भी सम्बोधित करीहें। ओहिजा पीएम के एह कार्यक्रम के सफल बनावे खातिर प्रशासन के ओर से आयोजन स्थल संगम क्षेत्र के परेड मैदान में तइयारियन के तेज कर दिहल गइल बा। परेड मैदान तकले दिव्यांगजन आउर पुरनिया लोग के ले आवे खातिर प्रशासन 1200 से अधिका बसन के इंतजाम कइले बा।

डीएम अपनहीं ले रहल बाड़न तइयारियन के जायजा

प्रयागराज के डीएम भानु चंद्र गोस्वामी अपनहीं लगातार कार्यक्रम स्थल के दौरा कऽ के तइयारियन के जायजा ले रहल बाड़न। एकरा अलावा जहवां जरुरत बा ओहिजा अधिकारियन के आवश्यक दिशा निर्देश भी दे रहल बाड़न ।

8जिला के पुलिस करी पीएम के सुरक्षा

प्रधानमंत्री के सुरक्षा खातिर प्रयागराज जोन के 8 जिलन से पुलिस फोर्स के बोलावल जा रहल बा। पीएम के सुरक्षा में छवगो आईपीएस, 15गो एएसपी, 30गो डिप्टी एसपी, लगभग 100गो इंस्पेक्टर, 200 से ज्यादा सब इंस्पेक्टर, अढ़ाई हजार महिला आ पुरुष सिपाहियन के तैनाती कइल जाई। एकरा अलावा दूगो बम डिस्पोजल स्क्वॉयड आ छवगो एंटी सबोटाज चेक टीम सुरक्षा में तैनात होखी । पूरा कार्यक्रम के आयोजित करे खातिर दस हजार से ज्यादा अधिकारियन आ कर्मचारियन के भी तैनाती कइल जा रहल बा।

 

 

Related posts

Leave a Comment

nineteen − eight =