नई दिल्ली
नीतीश कुमार आज दिल्ली में एनडीए के पक्ष में जनसभा के संबोधित करत कहले कि सभसे उनकर सरकार बिहार में प्रीपेड बिजली विचार लागू के योजना पऽ काम शुरू कइले रहे । अब पूरा देश में ई सिस्टम लागू कइल जाई। केहू अब बिजली के मिसयूज ना कऽ पाई। कुछ लोग अपनहीं आपन तारीफ करेले। बाकिर कवनो काम ना करस।
केन्द्रीय बजट 2020 में सरकार प्रीपेड बिजली मीटर देश में लगावे को योजना शुरू करे के बात कहले बे।
नीतीश कुमार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के द्वारा डीटीसी के बसन में मेहरारूअन के मुफ्त यात्रा के घोषणा कइला के ऊपर सवाल उठावत कहले कि चीझन के मुफ्त कइला से का मिल जाई?