नीतीश कुमार अरविन्द केजरीवाल पऽ जम के बरसलन

नई दिल्ली

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार दिल्ली में चुनावी सभा के दौरान सीएम अरविन्द केजरीवाल पर जमके हमला बोलले। नीतीश कहले कि केजरीवाल जी गरीबन के वोट लेके गरीबे से छल कइले बाड़न। केजरीवाल कवनो काम नइखन कइले बस आपन प्रचारे करत रह गइलन।

नीतीश कुमार कहले कि, “केंद्र सरकार के हम बधाई देतानी। ऊ 40 लाख लोगन के घर के हक दिहले बिया। ई कवनो मामूली बात नइखे। नीतीश आगा कहले कि बिहार पहिले जंगलराज के नाम से जानल जात रहे। लोग में डर के माहौल रहे, बाकिर जब से हमरा मौका मिलल त हम न्याय के संगे विकास कइनी।

नीतीश कुमार दिल्ली के संगम विहार में जनसभा के संबोधित करत कहले कि NDA के बढ़ावे में जेपी नड्डा के अहम भूमिका होखी। ऊ कहले कि शनिचर के पेश कइल गइल आम बजट खातिर केंद्र सरकार के बधाई देतानी। बजट स्वागत योग्य बा। नया टैक्स स्लैब से मध्य वर्ग के लोगन के आसानी होखी।

Related posts

Leave a Comment

thirteen − six =