निर्भया दोषी विनय के याचिका सुपीम कोर्ट में खारिज

सुप्रीम कोर्टनई दिल्ली

आज सुप्रीम कोर्ट निर्भया दिल्ली बलात्कार केस के दोषी विनय के याचिका कऽ दिहलस हऽ। विनय के वकील एह याचिका में दावा कइले रहलें हँ कि विनय के मानसिक हालत ठीक नइखे। कोर्ट विनय के सगरी मेडिकल रिपोर्ट देखि के निरनय लेत कहलस हऽ कि विनय के शारीरिक अउरी मानसिक हालत दुन्नू ठीक बा।

एह याचिका के सुनवाई जस्टिस आर भानुमति, जस्टिस अशोक भूषण अउरी जस्टिस ए. एस. बोपन्ना के बेंच में भइल रहल हऽ। विनय अपनी याचिका के इहो आरोप लगवले रहल हऽ कि राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द के सोझा दाखिल क्षमा याचिका में सगरी कागज ना पेश कइल गइल रहे। कोर्ट एहु दलील के खारिज कऽ दिहलस हऽ।

निर्भया के सगरी दोषिन के फाँसी के सजा भइल बा। सगरी दोषी लम्हर समय से एक-एक कऽ के आपन फाँसी रोकवावे खाती परियास करत बाड़े।

Related posts

Leave a Comment

2 × four =