नई दिल्ली
निर्भया केस में आज तीसरी बेर फेर से निर्भया बलात्कार केस के दोषीन के फाँसी टल गइल बा। अउरी कोर्ट एह केस में जारी भइल डेथ वारंट रद्द कऽ देले बा।
आज सोमार के सुप्रीम कोर्ट दोषी पवन के क्यूरेटिव पिटिशन खारिज कऽ देले रहल हऽ। बाकिर सुप्रीम कोर्ट निरनय के तुरन्त बाद पवन राष्ट्रपति के सोझा दया याचिका लगा दिहलस हऽ।
एह बीच पटियाला हाउस कोर्ट निर्भया बलात्कार के दोषीन के खिलाफ जारी भइल डेथ वारंट पऽ रोक लगा देले बे। मालूम होखे के चाहीं कि मंगर के सबेरे छह बजे दोषीन के फांसी देबे खाती डेथ वारंट जारी भइल रहल हऽ।