मुम्बई
बॉलीवुड के बाद भोजपुरी इंडस्ट्री के भी बहुत बड़हन झटका लागल बा। भोजपुरी सिनेमा जगत के लोकप्रिय संगीत निर्देशक धनंजय मिश्रा के आज मुंबई में देहांत हो गइल हऽ।
धनंजय मिश्रा के देहांत से सारा भोजपुरिया समाज में शोक आ दुख के लहर फइल गइल बा। एह मौका पर भोजपुरी सिनेमा आ संगीत जगत के सभे लोग सोशल मीडिया पर आपन आपन दुख प्रगट कर रहल बा। एही क्रम में प्रसिद्ध भोजपुरी गायक आ सांसद मनोज तिवारी अपना ट्विटर पर लिखले बाड़न कि “विश्वास नइखे होखत की छोट भाई धनंजय मिश्रा अब एह दुनिया में नइखन। 45 बरिस के उमिर में मुंबई में लिहले अंतिम सांस। सैंकड़न भोजपुरी फिल्मन के दिहले रहले हं संगीत”।