ऑकलैंड
पहिलका मैच में न्यूजीलैंड के बल्लेबाजन के हाथे मैदान में भइल कुटाई से सबक सीखके आज भारतीय गेंदबाज एकदम सोच-समझ के रणनीति के तहत गेंदबाजी कइलहन। एकदम कसल गेंदबाजी के आगे न्यूजीलैंड के टीम के कुल्ह महारथी लो बेबस आ लाचार नजर आइल। कप्तान विलियमसन के टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला मैच के पहिलका ओवर में ही न्यूजीलैंड के द्वारा 13 रन बनवला से एकबारगी सही साबित होखत लागल, बाकिर ओकरा बाद के कवनो ओवर में न्यूजीलैंड के बल्लेबाज कवनो कमाल ना देखा पवलन आ जहां पहलका 10 ओवर में टीम के स्कोर 73 रन पर दू विकेट ओहिजा 20 ओवर के समाप्ति पर टीम के कुल्ह स्कोर 135/5 बनल।