दिल्ली-NCR में भूकंप के झटका, घर से बाहर निकलल लोग

भोजपुरी समय, राम प्रकाश तिवारी, नई दिल्लीः दिल्ली-एनसीआर में  जबरदस्त भूकंप के झटका अबहीं कुछ देर पहिले महसूस कइल गइल हऽ। बता दीं कि शुक्रवार रात 9 बजके 10 मिनट के करीब भूकंप के झटकन से दिल्ली-एनसीआर आ एकरा अगल बगल के कईगो राज्यन के धरती हिल गइल हऽ। सूत्रन से मिल रहल जानकारी के अनुसार, दिल्ली, नोएडा, गुरुग्राम, फरीदाबाद आ गाजियाबाद समेत कई जगहा पर भूकंप के झटका महसूस कइल बा। एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पर लगभग 4.6 रहल हऽ। एह बार भूकंप के झटका अतना तेज रहल हऽ कि लगोबाग अपना अपना घर से बहरी निकल गइल हऽ।

नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी (NCS) से मिलल जानकारी के मोताबिक रिक्टर स्केल पर 4.6 की तीव्रता वाला ई भूकंप हरियाणा के रोहतक के 16 किमी ईएसई के आज लगभग 9 बजकर 08 मिनट पर हिट कइलस हऽ जेकरा बाद आस-पास के सगरी क्षेत्र में भूकंप के तेज झटका महसूस भइल हऽ।

 721 total views,  2 views today

Related posts

Leave a Comment