नई दिल्ली
पिछिला तीन दिन से दिल्ली के उत्तर पूर्वी जिला में फइलल सीएए विरोधी हिंसा के दिसाईं गृह मंत्रालय में एगो हाई लेवल बइठक हो रहल बे।
एह बइठक में केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह, अमित शाह समेत दिल्ली मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल, उपराज्यपाल अनिल बैजल, दिल्ली पुलिस कमिश्नर अमुल्य पटनायक सहित दिल्ली पुलिस के आला अधिकारी हिस्सा लेत बाड़े।
सूचना के हिसाब से आज सबेरे दंगाई फेर से टायर मार्केट में आग लगा देले बाड़े सऽ। ओह इलाका के गाड़ी, दोकान अउरी घरन में आग लगा देले बाड़े सऽ।
हिंसा के बढ़त दायरा के देखत पुलिस उत्तर पूर्वी जिला के कई गो क्षेत्रन में 144 लगा देले बे।