नई दिल्ली
पूर्वी दिल्ली के गोकुलपुरी इलाका में सीएए के विरोध में भइल दंगा में में एगो पुलिस संगे तीन आदिमी के मउत हो गइल बा। संगहीं पुलिसकर्मी के संगे सैकड़ो लोगन घाव लागल बा।
एह दंगा में पुलिस हेड कांस्टेबल रतनलाल के मउत हो गइल बा। खबर के हिसाब से दंगाई दिल्ली पुलिस के डीसीपी के गाड़ी में आग लगा देले सऽ।
एह उपद्रव में सैकड़न लोगन के बहुत बुरा तरह से घायल भ इल बाड़े। अउरी सैकड़न गाड़ी अउरी सम्पति के नोकान भइल बा।
प्रत्यक्षदर्शीन के हिसाब से एगो हास्पिटल सहित लोगन घरन के दंगाई फूँक देले बाड़े।