हिंसा के कारन दिल्ली के स्कूल सात मार्च ले बन्द

नागरिकता संशोधन अधिनियम सीएए विरोधी हिंसानई दिल्ली

उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला में नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी हिंसा के देखत दिल्ली प्रशासन उत्तर पूर्वी दिल्ली जिला के सगरी स्कूल सात मार्च ले बन्द करे के आदेश जारी कइले बा।

सगरि स्कूलन के सलाना इम्तिहान एह हिंसा के कारन स्थगित कइल गइल। हालाँकि आज शनिचर के स्कूल स्टॉफ खाती स्कूल खुलल रहल हऽ।

उत्तर पूर्वी जिला में पहिलहीं से सगरी स्कूल बन्द बा। केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) एह क्षेत्र में 29 फरवरी ले होखे वाला परीक्षा टाल देले बा।

एह सीएए विरोधी हिंसा अबले 42 जन के मृत्यु हो चुकल बा।

Related posts

Leave a Comment

9 + two =