नई दिल्ली
दिल्ली के उत्तर पूर्वी जिला में नागरिकता संशोधन अधिनियम विरोधी हिंसा में पीड़ित लोगन खाती दिल्ली के केजरीवाल सरकार मुआवजा देबे के घोषणा कइले बिया। ई मुआवजा आज से लोगन के मिले शुरू हो जाई।
दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल 29 फरवरी शनिचर के प्रेस कांफ्रेंस कऽ के दिल्ली हिंसा पऽ अपडेट देत कहलें हँ कि अब स्थिति सामान्य हो रहल बा। एह प्रेस कांफ्रेंस में मुख्यमंत्री बतवलें हँ कि कुल्ह 69 लोग मुआवजा खाती आवेदन कइले बा अउरी ओह लोगन के 1 मार्च इतवार ले मुआवाजा के राशी रुपया 25000 बंटवारा होखे जाई।
अब ले एह हिंसा में 42 लोगन के मरे के रिपोर्ट बा।