नई दिल्ली
70 सीटन होखे वाला दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 में कुल्ह 673 गो उम्मीदवार अपना भाग्य के अजमावत बाडे। एह उम्मीदवारन में 593 गो पुरूष आउरी 79 महिला उम्मीदवार हिस्सा लेत बाडे।
2015 के दिल्ली विधानसभा चुनाव में आम आदमी पार्टी (आप) 70 में से 67 सीट जीत के सरकार बनवलस। चुनाव में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के तीनगो सीट मिलल अउरी काँग्रेस के एगो सीट ना मिल पावल रहे।
दिल्ली विधानसभा चुनाव 2015आप कुल वोट के 54.3% वोट पवले रहे जबकि भाजपा 32.2% वोट पवले रहे त काँग्रेस के वोट घटि के 9.7% प आ गइल रहे।