नई दिल्ली
उत्तर पूर्वी दिल्ली में पिछिला तीन दिन से सीएए विरोधी हिंसा अउरी आगजनी के दायरा बढ़त जा रहल बा। अब ई हिंसा जाफराबाद, मौजपुर, भजनपुरा, गोकुलपुरी समेत कबीरनगर के अपना जद में ले ले बिया।
सीएए विरोधी गोकुलपुरी के टायर मार्केट में काल्ह रात में आग लगा देले रहलन जेवना के आग बुता गइल रहल हऽ। बाकिर सूचना के हिसाब से आज सबेरे दंगाई फेर से टायर मार्केट में आग लगा देले बाड़े सऽ। ओह इलाका के गाड़ी, दोकान अउरी घरन में आग लगा देले बाड़े सऽ।
यहाँ 144 लागल बा बाकिर दिल्ली पुलिस एह हिंसा के रोक पावे में असक्षम रहल बे।