दिल्ली में आप के सुनामी

 

 

 

 

 

भोजपुरी समय, दिल्ली:  देश के राजधानी दिल्ली में आज विधानसभा चुनाव 2020 के नतीजा आ गइल बा। अबहीं तक के नतीजा के अनुसार दिल्ली में आम आदमी पार्टी लगातार तीसरा बेर अरविंद केजरीवाल के नेतृत्व में सरकार बना रहल बा।

मंगलवार के सबेरे आठ बजे से जइसहीं ईवीएम मशीन में बंद वोटन के गिनती शुरू भइल हऽ आ शुरुआत में ही आम आदमी पार्टी बीजेपी के ऊपर जवन बढ़त बनवलस ऊ खबर लिखे जाए तक बहुत विशाल बढ़त के रूप ले चुकल बा।

अबहीं तक के परिणाम के अनुसार आप 34गो सीट पर आ बीजेपी 3 सीट पर जीत हासिल कर लिहले बा।

आम आदमी पार्टी के कार्यकर्ता लोग के अपना संबोधन में केजरीवाल रहले कि दिल्ली में आज एगो नया राजनीति के जनम भइल बा। ओहिजा दिल्ली बीजेपी के अध्यक्ष आ उत्तर पूर्व दिल्ली से सांसद मनोज तिवारी आम आदमी पार्टी के एह जीत पर अरविंद केजरीवाल के बधाई दिहले बाड़न आ संगे संगे दिल्ली के जनता के आभार भी जतवले बाड़न। अपना संबोधन में तिवारी कहलन कि हम आ हमार पार्टी दिल्ली के जनता के एह जनादेश के अपना सर माथा पर राखऽता आ हमनी प्रयास करत रहब दिल्ली के लोग खातिर काम करे के आ एह हार पर हमनी मंथन करेब।

 

Related posts

Leave a Comment

2 × 5 =