दिल्ली में आज वोटिंग

दिल्ली में आज वोटिंगनई दिल्ली

छह तारीख के चुनाव प्रचार रूकला के बाद आज 8 फरवरी शनिचर के दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 खाती वोटिंग शुरू हो गइल बा।

दिल्ली विधानसभा चुनाव में वोटिंग के समय सुबह 7 बजे से ले के सांझ 6 बजे ले होई। एक्जिट पोल सांझ 6 बजे के बादे प्रसारित हो सकेला। 11 फरवरी के चुनाव परिणाम के घोषणा होई।

दिल्ली में कुल्ह 13,750 पोलिंग बूथ, एगो आक्जिलरी बूथ 2,689 स्थानन पर बनावल गइल बा। एह चुनाव में सुरक्ष व्यवस्था खाती सीएपीएफ के कुल्ह 190 कम्पनी लगावल गइल बाडी स।

दिल्ली में कुल्ह 1.47 करोड़ मतदाता बाडे जेवना में से 81,05,236 पुरूष अउरी 66,80,277 महिला बाडे।

2015 के दिल्ली विधानसभा चुनाव में आम आदमी पार्टी (आप) 70 में से 67 सीट जीत के सरकार बनवलस।

Related posts

Leave a Comment

thirteen − four =