नई दिल्ली
देश के राजधानी दिल्ली के प्रदेश सरकार निरनय ले ले बिया कि दिल्ली में अब दिल्ली के बहरी के मरीजन के इलाज ना होई। ई आदेश काल्ह 7 जून के अउवे अउरी 8 जून 2020 से प्रभावी हो गइल।
ई आदेश दिल्ली के राज्य सरकार अउरी प्राइवेट अस्पतालन पऽ लागू होई अउरी केन्द्र सरकार के अस्पतालन में पहिलहीं के नियर दिल्ली में देश भर के मरीजन के इलाज हो सकेला।
एह आदेश के अइला के बाद सोशल मीडिया पऽ दिल्ली के आम आदमी पार्टी के अरविन्द केजरीवाल सरकार के खुब विरोध हो रहल बा। लोग कह रहल बा कि दिल्ली देश के राजधानी हऽ अउरी देश लोकतांत्रिक देश हऽ जेवना के संविधान केहू के देश के केवनो हिस्सा में रहे अधिकार देता। केवनो राज्य सरकार ई अधिकार कइसे छीन सके ले।
Delhi Cabinet has decided to reserve Delhi government hospitals and private hospitals for treatment of Delhi residents, with certain exceptions. The documents mentioned in the order below can be used as proof of residence in Delhi. pic.twitter.com/qpGYPObykm
— CMO Delhi (@CMODelhi) June 7, 2020