नई दिल्ली
करोना वायरस संक्रमण के दूगो नया केस भारत में पकड़ाइल बा। आज स्वास्थ्य मंत्रालय के दिहल जानकारी के हिसाब से एगो केस दिल्ली में आ एगो केस तेलंगाना में पकड़ाइल बा।
खबर बा कि दून्नू के मरीज हाल में विदेश से वापस आइल बाड़े। दिल्ली में कोरोना से संक्रमित मरीज इटली से वापस आइल बा। ओहीजा तेलंगाना वाला मरीज दुबई से आइल बा।
स्वास्थ्य मंत्रालय के हिसाब से दून्नू मरीजन के हालत अभी स्थिर बा। अभी ले भारत के कोरोना से एगहू मरीज के मरे के जानकरी नइखे।
एकरा पहिले तीनगो मरीज चीन से केरल आइल रहले हँ।