दिल्ली के जाफराबाद में एगो अउरी शाहीन बाग नियर प्रदर्शन शुरू

नागरिकता संशोधन अधिनियम

जाफराबादनई दिल्ली

नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के विरोध में चले वाला शाहीन बाग के प्रदर्शन नियर प्रदर्शन दिल्ली के जाफराबाद में शुरू हो गइल बा।

जाफराबाद मैट्रो स्टेशन के नीचे काल्ह शनिचर आधा राति से मुस्लिम समुदाय के औरत सीएए, एनआरसी अउरी एनपीआर के खिलाफ धरना पऽ बइठ गइल बाड़ी।

एह धरना प्रदर्शन के कारन जाफराबाद-मौजपुर-यमुना विहार रोड बन्द हो गइल बा अउरी सुरक्षा व्यवस्था खाती भारी संख्या में पुलिस बल लगावल गइल बा।

समाचार एजेंसी एएनआई के ट्वीट के हिसाब से गृह मंत्रालय अर्द्धसैनिक बल के जवान इलाका के सुरक्षा खाती लगा देले बा।

शाहीन बाग में लगभग ढाई महीना से नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के विरोध में धरना प्रदर्शन हो रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

eleven + 5 =