ताहिर हुसैन अग्रिम जमानत खाती पहुँचल कोर्ट, पुलिस रेस्क्यू पऽ संस्पेस

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसा

ताहिर हुसैन सीएए विरोधी दिल्ली हिंसानई दिल्ली

एएनआई के एगो ट्वीट के हिसाब से आम आदमी पार्टी के निष्कासित पार्षद ताहिर हुसैन अग्रिम जमानत खाती दिल्ली कोर्ट के अर्जी लगवले बा। ताहिर हुसैन पऽ उत्तर पूर्वी दिल्ली के करावल नगर में सीएए विरोधी हिंसा भड़कावे, फइलावे अउरी हिंसा में शामिल रहे के आरोप बा।

ताहिर हुसैन के ले के कई तरह के दावा सोझा आवत बा। दिल्ली पुलिस के एडिशनल सीपी (क्राइम) ए के सिंगला के हिसाब से 24-25 फरवरी के रात में दिल्ली पुलिस ताहिर हुसैन के ओकरा घर से बचवले रहे तऽ ओहीजा सूत्र एह बात के खंडन कर बाड़े।

खबर इहो बा कि ताहिर हुसैन अभी फरार बा अउरी ऊ अभी अपना गाँव में छुपल हो सकेला। ताहिर हुसैन मूल रुप से उत्तर प्रदेश के अमरोहा जिला के परौरा गाँव के रहे वाला हऽ।

ताहिर हुसैन पऽ आईबी आफिसर अंकित शर्मा के हत्या के आरोप बा। ताहिर हुसैन पऽ अंकित शर्मा के हत्या से पहिलहीं से हत्या आरोप बा।

Related posts

Leave a Comment

13 + 17 =