ड्रग तस्करी, नार्को-आतंकवाद आउर संगठित अपराध के बारे में एगो नया मेकैनिज्म पर बनल सहमति

हैदराबाद हाउस में बतियावत डॉनल्ड ट्रंप आ पीएम मोदी

भोजपुरी समय, नई दिल्लीः अमरीका के राष्ट्रपति डॉनल्ड ट्रंप के भारत दौरा के दूसरका दिने नई दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ ट्रंप में भेंट भइल। एह भेंट के बाद दुनू जना एगो साझा बयान जारी कइल लोग एह बयान मे पीएम मोदी कहलें कि, आज हमनी के बीच ड्रग तस्करी, नार्को-आतंकवाद आउर संगठित अपराध जइसन गंभीर समस्यन के बारे में एगो नया मेकैनिज्म पर सहमति बनल बा। कुछ समय पहिले इस्थापित हमनी के स्ट्रैटेजिक एनर्जी पार्टनरशिप आउर मजबूत होत जा रहल बा। ऊ ईहो कहलें कि एह क्षेत्र में आपसी निवेश बढ़ल बा। तेल आउर गैस खातिर अमरीका भारत के एगो बहुत महत्वपूर्ण स्त्रोत बन गइल बा। एकरा अलावा हमनी के एगो आउरी बड़का ट्रेड डील खातिर भी बतियाएब सं।
प्रधानमंत्री मोदी आगे कहलें कि राष्ट्रपति ट्रंप आउर उनकर प्रतिनिधिमंडल के भारत में एक बेर फेर हार्दिक स्वागत बा। हमनी के विशेष खुशी बा की एह यात्रा पर ऊ(ट्रंप) अपना परिवार के संगे आइल बाड़ें। पछिला आठ महीना में राष्ट्रपति ट्रंप आ हमरा बीच ई पांचवा मुलाकात हऽ। मोटेरा में राष्ट्रपति ट्रंप के कार्यक्रम हरमेशा इयाद राखल जाई। ई स्पष्ट भइल बा कि अमरीका आ भारत के बीचे संबंध केवल दूगो सरकारन के बीच ना बल्कि लोगन पर आधारित बा। आज हमनी के चर्चा में डिफेंस, टेक्नॉलजी, ट्रेड रिलेशन आ पीपल टू पीपल रिलेशन पर बात भइल हऽ। हमनी के बीच रक्षा सहयोग महत्वपूर्ण बा। हमनी के डिफेंस मैन्युफैक्चरर एक-दोसरा के सप्लाइ चेन के हिस्सा बन रहल बाड़ें।

बयान में का कहलें डॉनल्ड ट्रंप
अपना बयान में डॉनल्ड ट्रंप कहलें कि ई यात्रा अविस्मरणीय, असाधारण आउर सार्थक रहल। हमनी(अमरीका आ भारत) कट्टरपंथी इस्लामी आतंकवाद से निपटे में सहयोग करे खातिर सहमत भइल बानी जा। एकरा संगे-संगे ऊ बड़ा ऐलान करत कहलें कि हमनी तीन अरब डॉलर के रक्षा समझउतन के अंतिम रूप दिहले बानी जा। हमनी 5जी दूरसंचार प्रौद्योगिकी आ हिंद-प्रशांत में इस्थिति पर चर्चा कइनी हं सं। दूनू देशन के बीच ई बातचीत व्यापक व्यापार सउदा करे पर फोकस रहल हऽ।
राष्ट्रपति ट्रंप ईहो कहलें कि भारत में पछिला दू दिन शानदार रहल, विशेष तौर पर मोटेरा स्टेडियम के कार्यक्रम। ट्रंप मीडिया के सोझा मोदी से कहलें कि, ” ई हमरा खातिर बड़का सम्मान के बात रहल हऽ। स्टेडियम में करीब सवा लाख लोग रहे, हम बुझतानी कि ऊ लोग हमरा से बेसी तोहरा खातिर आइल रहे लोग। जब-जब हम राउर नांव लेत रहनी, लोग के हर्षध्वनि सुनात रहे… लोग रउआ के बेहद पसंद करेले।

Related posts

Leave a Comment

5 × 2 =