सारण भोजपुरिया समाज मनवलस मिलन समारोह सह कवि सम्मेलन

सारण भोजपुरिया समाज के मिलन समारोह सह कवि सम्मेलन में जुटलें सारण प्रमंडल के साहित्य सेवी

कविता पाठ करत आसाम से आइल कवि दिलीप पैनाली

भोजपुरी समय, छपरा: सारण के धरती पर भोजपुरी के आवाज बुलंद करे आ सारण प्रमंडल के तहत आवे वाला तीनों जिलन के भोजपुरिया लोगन के एकजुट करे खातिर बनल सारण भोजपुरिया समाज के द्वारा पहिला मिलन समारोह मनावल गइल। एह मिलन समारोह में छपरा, सिवान आ गोपालगंज के रहेवाला अनेक भोजपुरिया लोग जे दू जून के रोटी के जोगाड़ में अपना गांव से दूर देश-दुनिया के अलग-अलग भागन में रहतारें ऊ बिटोरइलें।

दिया बार के गणेश वंदना के संगे भइल शुरुआत

कार्यक्रम के दिया जरा के शुरुआत करत अतिथिगण

एह कार्यक्रम के शुरुआत दीप प्रज्वलन आ गणेश वंदना से भइल। एह कार्यक्रम के अध्यक्षता सारण के प्रमुख समाजसेवी आ भोजपुरी भाषा ला समर्पित ज्वाला सिंह कइनी। ओहिजा प्रमुख समाजसेवी आ भोजपुरी भाषा के उत्थान में जुटल संस्था आ संगठन के लोगन के प्रति समर्पित सत्यप्रकाश के महासचिव के दायित्व मिलल।

देश के कोना-कोना से जुटलें भोजपुरिया
एह कार्यक्रम में दिल्ली, आसाम, रुड़की,आरा, बनारस आदि शहरन से आइल भोजपुरी के नया आ पुरान कवि-कवियत्रि के संगे-संगे स्थानीय कवि आ साहित्यकार लोग अपना काव्य धारा से श्रोतागण के मंत्रमुग्ध कर दिहल लोग । एह कार्यक्रम में मंच संचालक के भूमिका में छपरा के भटकेसरी के रहे वाला युवा कवि आ रूड़की में निजी विश्वविद्यालय में सहायक प्रवक्ता राम प्रकाश तिवारी निभवले। एह दौरान संजय कुमार ओझा,दिलीप पैनाली, फौजी राकेश विद्यार्थी, सुनीता कुमारी गुंजन, पंडित त्रिलोकी नाथ तिवारी, मनीबेन द्विवेदी, ममता सिंह, प्रशांत कुमार मोहित,शंकर शरण शिशिर, डॉ. अमरेंद्र कुमार सिंह बुलेट, गणपति सिंह, अमरेंद्र सिंह आरा, दिवाकर उपाध्याय,निर्भय नीर, अरविंद श्रीवास्तव, अजय अजनबी, राजेन्द्र गुप्त, आर एन सिंह, निरसु नारायण सिंह, शुभ नारायन सिंह शुभ,डॉ. ओम प्रकाश राजापुरी आदि काव्यपाठ कइले।

कविता पाठ करत कविगण

पत्र-पत्रिका आ किताब के भइल विमोचन 

पत्र-पत्रिका आ किताब के विमोचन करत अतिथि

कार्यक्रम में काव्यपाठ के संगहीं हिंदी भोजपुरी आ अन्य क्षेत्रिय भाषा में निकले वाला साप्ताहिक समाचार पत्र दी ग्राम टूडे आ मासिक पत्रिका दी ग्राम टूडे पत्रिका के विमोचन आ लोकार्पण भी भइल। शुभ नारायण सिंह शुभ के तीनगो भोजपुरी पुस्तकन आ ममता सिंह के हिन्दी पुस्तक के विमोचन भी मंच पर उपस्थित गणमान्य अतिथि लोगन के हांथे भइल।

एह कार्यक्रम के अध्यक्षता जिला के गणमान्य लोगन में शामिल आ भोजपुरी भाषा खातिर समर्पित ज्वाला सिंह कइले। ओहिजा कवि सम्मेलन के अध्यक्षता गोपालगंज के सुप्रसिद्ध गीतकार स्वर्गीय अंजन जी के धरती से आवे वाला भोजपुरी के विद्वान आ कवि, गीतकार संगीत सुभाष पांडेय कइनी। कार्यक्रम के अंत में उपस्थित सभे अतिथिगण के आभार सारण भोजपुरिया समाज के सूत्रधार आ संरक्षक तथा भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार स्वर्गीय रामनाथ पांडेय के सुपुत्र विमलेंदु भुषण पांडे कइले।

Related posts

Leave a Comment

fifteen + twenty =