जामिया लाइब्रेरी हिंसा से जुड़ल वीडियो आइल सोझा

जामिया मिलिया दिल्ली पुलिसनई दिल्ली

आज सोशल मीडिया पऽ जामिया मिलिया के लाइब्रेरी में 15 दिसम्बर 2019 के दिल्ली पुलिस के छात्रन पऽ लाठी चार्ज से जुड़ल एगो वीडियो वायरल भइल रहल हऽ। सोशल मीडीया पऽ लोग दिल्ली पुलिस के बेवहार पऽ सवाल उठावे शुरू कऽ देले रहल हऽ लोग। बहुत लोग पुलिस पऽ कारवाई के माँग करत रहल हऽ।

एह वीडियो में एगो लइका लाइब्रेरी में मूँह बान्ह के बइठल रहल हऽ अउरी बेर-बेर लाइब्रेरी के गेट के ओर देखत रहल। ओतने में पुलिस के जवान आ के ओह लइका के पीटे शुरू कऽ दिहलस हऽ।

 

बाकिर साँझ होत-होत सोशल मीडीया पऽ एगो दोसर वीडियो वायरल हो गइल हऽ जेवना में 14-15 दिसम्बर के जामिया हिंसा में शामिल छात्र जेवन पुलिस पऽ पथर से हमला कइले रहलन जामिया मिलिया के लाइब्रेरी में लुकात लउकत बाड़ें।

एह वीडियो के जारी भइला के बाद सोशल मीडिया पऽ लोग दिल्ली पुलिस के समर्थन में आ गइल बाड़े।

मालूम होखे के चाहीं कि जामिया के ई घटना सीएए एनआरसी के खिलाफ होखे वाला धरना प्रदर्शन शुरू भइला पऽ भइल रहल। एह घटना के बाद प्रदर्शनकारी शाहीनबाग में पिछिला दू महीना से अधिका समय से मेन रोड रोक के धरना देत बाड़ें।

Related posts

Leave a Comment

eight + sixteen =