नई दिल्ली
पिछला एक हफ्ता में शाहीन बाग धरना प्रदर्शन के ले के एतवार के तीसरी बेर फायरिंग भइल बा।
दिल्ली में स्थित केंद्रीय विश्वविद्यालय जामिया मिल्लिया के गेट नं पाँच पऽ एतवार के आधा रात तकरीबन 12 बजे के आस-पास हवाई फायरिंग भइल बा। ई पिछ्ला एक हफ्ता में तीसरी घटना हऽ।
खबर बा कि लाल रंग के स्कूटी पऽ दू गो सवार यूनिवर्सिटी के गेट पाँच पऽ हवाई फायर कऽ के भाग गउवन।
शाहीन बाग में सीएए एनआरसी अउरी एनपीआर के खिलाफ पिछला डेढ़ महीना से अधिका समय से सड़क रोकि के धरना-प्रदर्शन हो रहल बा जेवना कारन आसपास के रहे वाला लोगन परेशानी के सामना करे के परता।