नई दिल्ली
काल्ह शाहीन बाग के बाद जाफराबाद में नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के जेवन विरोध शुरू भइल रहुवे ऊ विरोध दुपहरिया बीतत-बीतत हिंसा, उपद्रव अउरी पत्थरबाजी पऽ उतर अउवे।
जाफराबाद में बटोराइल ई भीड़ काल्ह सीएए समर्थकन अउरी पुलिस पऽ जम के पथराव, तोड़-फोड़ अउरी मारपीट करुए। अनेक वाहनन के तुरल गइल बा। एह उपद्रव में पुलिस के संगे बहुते लोग घाही भइल बा। एह पत्थरबाजी में अनेक लोगन के कपार फूट गइल बा।
इतवार दोपहर के रोड खोलवावे खाती एगो भीड़ नागरिकता (संशोधन) अधिनियम के विरोध करे वाली भीड़ सोझा धरना देबे लगुए। सीएए विरोधी एह प्रदर्शन से भड़क हिंसा पऽ उतरि अवुअन।
एह हिंसा के कारन मौजपुर-बाबरपुर अउरी जाफराबाद मैट्रो स्टेशन बन्द कऽ दिहल गइल बा।