छपरा में भी पहुंचल कोरोना वायरस

कोरोना वायरस COVID19

छपरा

चीन में कोहराम मचवला के बाद कोरोना वायरस के अपना देश में भी प्रवेश हो गइल बा। ताजा मामला बिहार के छपरा में सामने आइल बा। दरअसल इहां के मुफस्सिल थाना के शांति नगर के रहे वाला सुशील कुमार सिंह के 29 साल के बेटी एकता कुमारी चीन में न्यूरो रिसर्च सेंटर में सांइटिस्ट बाड़ी आ ओहिजा से पीएचडी कर रहल बाड़ी। घरवाला लोग के मोताबिक एकता एही 22 जनवरी के चीन से भारत लवटली आ कलकत्ता में उतरला के बाद रेल से 23 जनवरी के छपरा पहुंचली। इहां पहुंचला के बाद एकता के अचानके तबियत खराब हो गइल आ उनका तेज बोखार हो गइल। एकरा बाद एतवार के तेज बुखार में हालत बिगड़ला के बाद एकता के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल आ फिलहाल एकता पीएमसीएच में भर्ती बाड़ी। एकता के सदर अस्पताल में भर्ती भिला के खबर फइलते सिविल सर्जन डॉ माधवेश्वर झा एवं डॉ केएम दुबे तुंरत सदर अस्पताल पहुंचल लोग, आ ड्यूटी पर मौजूद चिकित्सक डॉ शैलेंद्र कुमार से जानकारी लिहल लोग। एकरा बाद मेडिकल टीम के निगरानी में एकता के आइसोलेशन वार्ड में राखल गइल जहंवा से उनका के पीएमसीएच रेफर कर दिहल गइल बा।

Related posts

Leave a Comment

three × one =