रायपुर
छत्तीसगढ़ के पूर्व मुख्यमंत्री अजीत जोगी के काल्ह साँझ साढ़े तीन बजे रायपुर में 74 साल के उमिर में देहावसान हो गइल रहुवे। अजीत जोगी छत्तीसगढ़ के पहिला मुख्यमंत्री रहलें।
अजीत जोगी के अंतिम संस्कार उनकरा पैतृक गाँव गौरेला में होई। गौरेला के प्रभु ख्रीष्ट वाटिका में बेटी अनुषा जोगी की कब्र के बगल में अजीत जोगी के शव दफनावल जाई।
एकरा पहिले उनका पर्थिव देह बिलासपुर के मरवाही सदन ले जाइल जाई जेसे कि आम लोग उनकर आखिरी दर्शन कऽ सके।
राजनीति में आवे से पहिले अजीत जोगी आईएएस अफसर रहलें अउरी कॉग्रेस के संगे राजीव गाँधी के कार्यकाल में अपनी राजनैतिक जीवन शुरु क इलें। बाकिर कुछ साल पहिले ऊ कॉग्रेस छोड़ के आपन पार्टी बना ले ले रहले हँ।
श्री @ajitjogi_cg एवं जोगी परिवार के प्रत्येक सदस्य ने कोरोना महामारी से बचने के लिए लागू किये गए फिजिकल एवं सोशल डिस्टैन्सिंग और लॉक डाउन के नियमों का पूर्णतः पालन किया है। मेरा आप सबसे अनुरोध है कि दिनांक 30 मई 2020 को श्री अजीत जोगी की अंतिम यात्रा में इन नियमों का पालन करें।
— Amit Jogi (@amitjogi) May 29, 2020