गोपालगंज तिहरा हत्याकांड: तेजस्वी यादव के मार्च के पुलिस पटना में रोकलस

गोपालगंज में भइल तिहरा हत्याकांड के विरोध में तेजस्वी यादव के गोपालगंज मार्च के पुलिस पटना में ही रोकलस, सात घंटा ले चलल ड्रामा

भोजपुरी समय, पटना डेस्कः बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आ उनका पार्टी राष्ट्रीय जनता दल के गोपालगंज मार्च के ड्रामा शुकवार के करीब सात घंटा ले चलत रहल। पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के सरकारी आवास के बहरी राजद नेता, विधायक आ कार्यकर्ता करीब सात घंटा ले जिला प्रशासन आ पुलिस के संगे संघर्ष करत रहृले। इहाँ तक कि पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी,  पूर्व स्वास्थ्य मंत्री तेजप्रताप यादव भी कई घंटा अपना कार में बइठल रह गइल लोग बाकिर प्रशासन लॉक डाउन के हवाला देके एह लोग के गोपालगंज खातिर ना निकले दिहलस हऽ। बाद में तेजस्वी यादव बिहार विधानसभा के अध्यक्ष विजय कुमार चौधरी से मुलाकात कइला के बाद कहलें कि अब हमनी सरकार से अनुमति मिलला के बादे गोपालगंज खातिर रवाना होखेब।

स्पीकर विजय चौधरी से मुलाकात के बाद तेजस्वी कहले  कि ऊ मारपीट करे खातिर गोपालगंज ना जात रहले हं, बाकिर तबो सरकार उनका के रोक दिहलस हऽ। हम अब सरकार के अनुमति मिले के इंतजार करेब। बता दीं कि तेजस्वी यादव शुक्रवार के सबेरे 9:00 बजे गोपालगंज खातिर निकले के चाहत रहलें। बाकिर सबेरे से ही पुलिस प्रशासन के राबड़ी देवी के आवास के बहरी भारी इंतजाम कर दिहल गइल रहे। सरकार एह मामला में सख्ती देखावत तेजस्वी आ उनकरा विधायकन के आगे जाए के अनुमति ना दिहलस। लगभग छः घंटा तक चलल जद्दोजहद के बाद तेजस्वी यादव आखिरकार विधानसभा अध्यक्ष विजय चौधरी से मुलाकात के बाद गोपालगंज जाए के कार्यक्रम स्थगित कर दिहले।

Related posts

Leave a Comment

14 + 3 =