गणतंत्र दिवस पऽ सर संघ चालक मोहन भागवत बोलनी – देश के संविधान देश हर नागरिक के राजा बनवले बा

गोरखपुर

राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (आरएसएस) के सर संघचालक मोहन भागवत गणतंत्र दिवस के मोका पऽ गोरखपुर के बिलन्दपुर खत्ता के नगर निगम मैदान में तिरंगा फहरवला के बाद अपनी भाषण में नागरिकता संशोधन कानून (सीएए) के विरोध करे वाला लोगन के ओर इशारा करत कहलें – ‘देश के संविधान देश हर नागरिक के राजा बनवले बा। राजा के लगे अधिकार बा बाकिर ए अधिकारन के संगे लोगन के आपन कर्त्त्वय अउरी अनुशासन के पालनो करे के परी। तब्बे देश आजाद करावे वाला क्रान्तिकारिन के सपनन के भारत के निर्मान हो पाई।’

वसुधैव कुटुम्बकम और वैभवशाली एवं परोपकारी भारत के बात करत उहाँ के कहनी कि बल के उपयोग दुर्बलन के रक्षा अउरी धन के उपयोग गरीबन के सेवा में करे के चाहीं।

Related posts

Leave a Comment

2 × 2 =