कोविड-19: 35 राज्य 3,81,091 मरीज

नई दिल्ली

कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 18 जून के रात ले देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 3,81,091 गो कंफर्म ममिला हो गइल बा।  एह मरीजन में से कुल्ह 2,05,182 मरीज ठीक हो गइल बाड़े आ 1,63,258 मरीजन के इलाज चल रहल बा। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 12,605 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 1,20,504 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े।

आज 17 जून के कुल्ह 13,826 नया मरीजन के मिललन आ कुल्ह 10,743 मरीजन के डिस्चार्ज कइल गइल हऽ। बकिर सभसे बेसी रिकार्ड 343 मरीजन के कोरोना वायरस संक्रमण के कारन मउत हो गइल हऽ।

18 जून के सभसे बेसी रिकार्ड 13,826 मरीज मिलल रहलन। बाकिर 29 मई देश में सभसे बेसी कुल्ह 11,735 मरीज डिस्चार्ज भइल रहलें।

देश में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 62,49,668 टेस्ट भइल बा आ रोज लगभग 1,50,000 लगभग टेस्ट हो रहल बा।

 8,243 total views,  206 views today

Related posts

Leave a Comment