कोविड-19: 35 राज्य 3,43,071 मरीज

नई दिल्ली

कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 15 जून के रात ले देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 3,43,071 गो कंफर्म ममिला हो गइल बा।  एह मरीजन में से कुल्ह 1,80,318 मरीज ठीक हो गइल बाड़े आ 1,52,792 मरीजन के इलाज चल रहल बा। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 9,918 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 1,10,744 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े।

आज 15 जून के कुल्ह 10,032 नया मरीजन के मिललन आ कुल्ह 10,633 मरीजन के डिस्चार्ज कइल गइल हऽ। बकिर 396 लोगन के कोरोना वायरस संक्रमण के कारन मउत हो गइल हऽ।

13 जून के सभसे बेसी रिकार्ड 12,039 मरीज मिलल रहलन। बाकिर 29 मई देश में सभसे बेसी कुल्ह 11,735 मरीज डिस्चार्ज भइल रहलें।

देश में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 57,74,133 टेस्ट भइल बा आ रोज लगभग 1,50,000 लगभग टेस्ट हो रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

4 × 4 =