कोविड-19: 35 राज्य 3,33,008 मरीज

नई दिल्ली

कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 14 जून के रात ले देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 3,33,008 गो कंफर्म ममिला हो गइल बा।  एह मरीजन में से कुल्ह 1,69,689 मरीज ठीक हो गइल बाड़े आ 1,53,760 मरीजन के इलाज चल रहल बा। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 9,520 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 1,07,958 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े।

आज 14 जून के कुल्ह 11,374 नया मरीजन के मिललन आ कुल्ह 7,362 मरीजन के डिस्चार्ज कइल गइल हऽ। बकिर 321 लोगन के कोरोना वायरस संक्रमण के कारन मउत हो गइल हऽ।

13 जून के सभसे बेसी रिकार्ड 12,039 मरीज मिलल रहलन। बाकिर 29 मई देश में सभसे बेसी कुल्ह 11,735 मरीज डिस्चार्ज भइल रहलें।

देश में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 55,07,182 टेस्ट भइल बा आ रोज लगभग 1,50,000 लगभग टेस्ट हो रहल बा।

 

Related posts

Leave a Comment

1 × 4 =