कोरोना वायरस: 31 मई के दिल्ली में रिकार्ड 1,295 केस बढ़ल

नई दिल्ली

पिछिला 24 घंटा में दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के रेकार्ड 1,295 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 19,844 केस हो गइल बा।

आज दिल्ली में कुल्ह 10,893 केस एक्टिव बा अउरी अबले 8,478 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 403 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 57 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 473 हो गइल बा।

आज दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी मरीज मिलल बाड़े। एकरा पहिले 30 मई के सभसे बेसी 1,163 केस बढ़ल रहल।

आज लगातार चौथा दिन दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के एक हजार से अधिका केस मिलल बाड़ी सऽ। अब देखि के ई लागत बा कि दिल्ली मुम्बई के रास्ता पऽ जा रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

three × 2 =