कोरोना वायरस: 30 मई के दिल्ली में रिकार्ड 1,163 केस बढ़ल

नई दिल्ली

पिछिला 24 घंटा में दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के रेकार्ड 1,163 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 18,549 केस हो गइल बा।

आज दिल्ली में कुल्ह 10,058 केस एक्टिव बा अउरी अबले 8,075 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 229 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 18 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 416 हो गइल बा।

आज दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी मरीज मिलल बाड़े। एकरा पहिले 29 मई के सभसे बेसी 1,106 केस बढ़ल रहल।

आज लगातार तीसरा दिन दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के एक हजार से अधिका केस मिलल बाड़ी सऽ। अब देखि के ई लागत बा कि दिल्ली मुम्बई के रास्ता पऽ जा रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

12 − nine =