नई दिल्ली
सरकार के संगे-संगे दुनिया के अनेकन संस्था कोरोना से बचाव के अनेकन तरीका लोगन के बतावत बाड़ी सऽ। ओह तरीकन में सभसे ज्जरूरी बा हाइजीन। ओकरा सिवाए हर आदिमी के
- आपन हाथ साबून आ पानी से बेर-बेर धोईं।
- लोगन से कम से कम तीन फीट के दूरी राखीं।
- आपन आँख, नाक, अउरी मूँह के छूए से बचीं।
- छींके भा खाँसे के टाइम टिशू भा रुमाल से मूँह ढकीं।
- यदि बोखार, सुखल खाँसी अउरी साँस लेबे में तकलीफ होखे तऽ तुरन्त डॉक्टर के देखाईं।
- सर्दी भा फ्लू से संक्रमित लोगन से दूर रहीं।
- मांसाहार से बचीं। जदि मांस खात बानी तऽ पुरा तरह से पाकल मांस खाईं।
- केवनो तरह के जीवित जंगली भा पालतू जानवरन से दू रहीं।