नई दिल्ली
कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के देखत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज साँझ देश के नागरिकन के संबोधित करत लोगन से निहोरा कइलन हँ कि 22 मार्च एतवार के जनता से सबेरे 7 बजे से रात 9 बजे ले जनता कर्फ्यू के अपील कइलन हँ।
अपनी एह भाषण में प्रधानमंत्री कोरोना वायरस के कारन आइल आर्थिक गतिविधि में कमी के देखत कोविड-19 इकनॉमिक रिस्पॉन्स टास्क फोर्स के गठन करे के ऐलान कइलन हँ।
प्रधानमंत्री के भाषण के मुख्य बात:
- निश्चिंत रहे के सोच ठीक नइखे। बलुक सजग रहल जरूरी बा।
- अभी कोरोना के केवनो इलाज नइखे। एसे सावधानीए एकरा से बचे के तरीका बा।
- जेतना हो सके घर से बाहर कम निकलीं।
- 22 मार्च एतवार के सबेरे 7 बजे से रात 9 बजे ले जनता कर्फ्यू के अपील।
- दोसरा के जनता कर्फ्यू के बात बताईं अउरी समझाईं।
- रूटीन चेकअप खाती अस्पताल ना जाईं।