कोरोना वायरस: कुल्ह 171 गो ममिला, 4 मरीजन के मउत, 14 डिस्चार्ज

coronavirus outbreak कोरोना वायरसनई दिल्ली

सगरी देश में अबले कोरोना से संक्रमण के कुल्ह 171 गो ममिला सोझा आइल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के सूचना के हिसाब से अबले चार गो मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। मरे वाला मरीजन में एक-एक मरीज दिल्ली, महाराष्ट्र, कर्नाटक अउरी पंजाब के हवन।

सभसे बेसी संक्रमण के कुल्ह 47 गो ममिला महाराष्ट्र में पावल गइल बा। केरल में 27, हरियाणा में 18 अउरी उत्तर प्रदेश में 17 संक्रमण के केस सोझा आइल बा।

हालाँकि सभसे सुखद सूचना ई बा कि कोरोना के मरीज अब धीरे-धीरे ठीक हो रहल बाड़े। सूचना के हिसाब से अबले कुल्ह गो मरीज ठीक हो गइल बाड़े। ठीक होखे वाला मरीजन में सभसे बेसी 5 गो ममिला उत्तर प्रदेश के बा।

कोरोना वायरस अबले 130 से अधिका देशन में फइल गइल बा अउरी एह वायरस से मरे वाला लोगन संख्या दिन बीतला के संगे बढ़त जात बा।

Related posts

Leave a Comment

17 − 8 =