कोरोना वायरस अपडेट: कुल्ह 294 गो ममिला, 23 डिस्चार्ज, 4 मरीजन के मउत

coronavirus outbreak कोरोना वायरसनई दिल्ली

दिन बीतला के संगे कोरोना से संक्रमित होखे वाला मरीजन के संख्या देश में बढ़त जात बा। देश के 22 गो राज्यन में एकर संक्रमण पहुँच गइल बा।

21 मार्च 2020 दुपहरिया ले देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 294 गो ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में स्वास्थ्य मंत्रालय के सूचना के हिसाब से अबले चार गो मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। मरे वाला मरीजन में एक-एक मरीज दिल्ली, महाराष्ट्र, कर्नाटक अउरी पंजाब से बाड़े। सभसे बेसी संक्रमण के कुल्ह 65 गो ममिला महाराष्ट्र में पावल गइल बा।

राज्य पॉजेटिव केस डिस्चार्ज मौत
1 महाराष्ट्र 65 1
2 केरल  40 3
3 हरियाणा  18
4 दिल्ली  26 2 1
5 राजस्थान  23 3
6 कर्नाटक  16 1 1
7 तेलंगना  19 1
8 लद्दाख  13
9 उत्तर प्रदेश 24 9
10 तमिलनाडु 3 1
11 जम्मू-कश्मीर 4
12 पंजाब 6 1
13 आंध्र प्रदेश 3
14 उत्तराखंड 3
15 ओडिशा 2
16 गुजरात 16
17 चंडीगढ़ 5
18 मध्य प्रदेश 4
19 प. बंगाल 2
20 छत्तीसगढ़ 1
21 हिमाचल प्रदेश 2
22 पुड्डुचेरी 1
294 23 4

भारत में कोरोना संक्रमण के मरीजन के संख्या तेजी से बढ़ रहल बा बाकिर संतोष के बात ई बा कि कोरोना के मरीज अब धीरे-धीरे डिस्चार्ज हो रहल बाड़े। स्वास्थ्य मंत्रालय के हिसाब से अबले कुल्ह 23 गो मरीज डिस्चार्ज हो गइल बाड़े। डिस्चार्ज होखे वाला मरीजन में सभसे बेसी 9 गो ममिला उत्तर प्रदेश के बा। खबर बा कि राजस्थान में कुछ मरीज ठीक भइल बाड़े।

कोरोना वायरस अबले 185 से अधिका देशन में फइल गइल बा अउरी एह वायरस से मरे वाला लोगन संख्या दिन बीतला के संगे बढ़त जात बा।

Related posts

Leave a Comment

two × two =