कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 10 हजार पार

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में 6 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 370 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 10,103 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 3,927 केस एक्टिव बा अउरी अबले 5,908 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 260 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 11 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 268 हो गइल बा।

उत्तर प्रदेश में आज के कोरोना वायरस संक्रमण के बढ़े वाली संख्या अबले के सभसे बेसी बा। सभसे बेसी 5 जून के 496 केस बढ़ल रहल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 3,55,085 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई संख्या बहुत कम बा।

Related posts

Leave a Comment

eight + 5 =