कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह 9,733 केस भइल

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में 5 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 496 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 9,733 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 3,828 केस एक्टिव बा अउरी अबले 5,648 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 209 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 12 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 257 हो गइल बा।

उत्तर प्रदेश में आज के कोरोना वायरस संक्रमण के बढ़े वाली संख्या अबले के सभसे बेसी बा। सभसे बेसी 31 मई के 374 केस बढ़ल रहल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 3,30,663 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई संख्या बहुत कम बा।

Related posts

Leave a Comment

five × 5 =