कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह 8,075 केस भइल

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में 31 मई रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 374 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 8,075 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 3,015 केस एक्टिव बा अउरी अबले 4,843 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 192 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 4 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 217 हो गइल बा।

उत्तर प्रदेश में आज के कोरोना वायरस संक्रमण के बढ़े वाली संख्या अबले के सभसे बेसी बा। एकरा पहिले सभसे बेसी 21 मई के 340 केस बढ़ल रहल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,89,892 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई संख्या बहुत कम बा।

Related posts

Leave a Comment

4 − one =