कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 15,785

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में 18 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 604 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 15,785 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 5,659 केस एक्टिव बा अउरी अबले 9,638 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 399 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 23 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 488 हो गइल बा।

18 जून के उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 604 गो केस बढ़ल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 5,15,280 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई संख्या बहुत कम बा।

 68,962 total views,  25 views today

Related posts

Leave a Comment