कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 15,181

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में 17 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 583 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 15,181 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 5,477 केस एक्टिव बा अउरी अबले 9,239 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 335 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 30 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 465 हो गइल बा।

14 जून के उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 507 गो केस बढ़ल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 4,067,702 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई संख्या बहुत कम बा।

 1,064 total views,  31 views today

Related posts

Leave a Comment