कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 14,091

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में 14 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 476 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 13,615 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 5,064 केस एक्टिव बा अउरी अबले 8,610 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 342 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 18 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 417 हो गइल बा।

14 जून के उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 497 गो केस बढ़ल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 4,067,702 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई संख्या बहुत कम बा।

Related posts

Leave a Comment

two × five =