कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 13,615

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में 14 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 497 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 13,615 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 4,948 केस एक्टिव बा अउरी अबले 8,268 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 393 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 14 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 399 हो गइल बा।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 4,067,702 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई संख्या बहुत कम बा।

Related posts

Leave a Comment

11 + 7 =